भोजपुरी अभिनेता अशोक सेठ बनलें नगर सेवक

भोजपुरी सिनेमा के कलाकार अब राजनीतिओ में उड़ान लगावे लागल बाड़ें आ बहुत कुछ कामयाबीओ मिलत बा ओह लोग के. पिछला दिने यूपी में भइल नगर निकाय के चुनाव में बनारस के भाजपा गढ़ में निर्दलीय बन के लड़े वाला भोजपुरी अभिनेता अशोक सेठ वाराणसी के खोजवां के वार्ड सं॰ 43 से नगर सेवक चुनाइल बाड़ें. अशोक सेठ अपना निकटतम प्रतिद्वन्द्वी के तेरह सौ वोट से हरवलें.

अशोक सेठ निर्माता जे.पी. सिंह के फिल्म ‘गईल भईंसिया पानी में’, आ ‘गुरु दक्षिणा’, ‘प्यार करेंगे पल पल’ फिलिमन में अभिनय कइले बाड़न आ महुआ चैनल पर प्रसारित धारावाहिक ‘कलुआ डीह’ आ ‘बनारसी बाबू’ में चुनौतीपूर्ण भूमिका निभवले रहलें. अशोक सेठ के नगर सेवक बनला पर लोग उनुका के बधाई देत बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..