नीरा यादव के जमानत मिलल

नोएडा जमीन घोटाला में चार साल के सजा पा चुकल यूपी के पूर्व मुख्य सचिव नीरा यादव के इलाहाबाद हाई कोर्ट से जमानत मिल गइल बा. एही मामिला में दोसर सजायाफ्ता अशोको चतुर्वेदी के संगही जमानत मिल गइल. नीरा यादव कई मामिला में खास बाड़ी. आईएएस एसोसिएशन एक बेर उनका के सबले भ्रष्ट अधिकारी चुनले रहुवे. सुप्रीम कोर्ट उनका के भ्रष्ट मानत मुख्य सचिव का पद से हटवा दिहले रहुवे. नीरा यादव मुलायम सिंह सरकार का जमाना में मुलायम के खासमखास रहली.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।