भोजपुरीओ में आई एंग्री यंग मैन के जमाना

अमिताभ बच्चन के एंग्री यंग मैन के जमाना अब भोजपुरी सिनेमा में आवे वाला बा, भोजपुरी में बनत फिल्म ‘हम हईं मुन्ना भईया’ से ई दौर शुरु होखे जा रहल बा जवना में एंग्री यंग मैन का भूमिका में बाड़न डायनामिक एक्टर सुशील सिंह. जे भी एह फिल्म के फर्स्ट लुक देखल सभे कहल कि सुशील सिंह के भूमिका ‘दीवार’, ‘जंजीर’ आ ‘शोले’ जइसन फिल्मन में अमिताभ बच्चन के निबाहल एंग्री यंग मैन किरदार जइसने बा.

Susheel Singh

एह फिल्म में पूर्वांचल आ बिहार के माफियाराज के कच्चा चिट्ठा खोल के राख दिहल बा. बतावेवाला त इहो दावा करत बाड़े कि ई फिल्म ‘अपहरण’ आ ‘गंगाजल’ के भोजपुरिया वर्जन ह. माफियाराज पर बनल एह फिल्म ‘‘हम हईं मुन्ना भईया’’ में हाई वोल्टेज एक्शन सीन, रोमांस आ कोमेडी सगरी बा आ साथ में बावे एगो नया कहानी जे एह फिल्म के देखे खातिर लोग के मजबूर कर दीहि.


(स्रोत : उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।