भोजपुरीओ में आई एंग्री यंग मैन के जमाना

अमिताभ बच्चन के एंग्री यंग मैन के जमाना अब भोजपुरी सिनेमा में आवे वाला बा, भोजपुरी में बनत फिल्म ‘हम हईं मुन्ना भईया’ से ई दौर शुरु होखे जा रहल बा जवना में एंग्री यंग मैन का भूमिका में बाड़न डायनामिक एक्टर सुशील सिंह. जे भी एह फिल्म के फर्स्ट लुक देखल सभे कहल कि सुशील सिंह के भूमिका ‘दीवार’, ‘जंजीर’ आ ‘शोले’ जइसन फिल्मन में अमिताभ बच्चन के निबाहल एंग्री यंग मैन किरदार जइसने बा.

Susheel Singh

एह फिल्म में पूर्वांचल आ बिहार के माफियाराज के कच्चा चिट्ठा खोल के राख दिहल बा. बतावेवाला त इहो दावा करत बाड़े कि ई फिल्म ‘अपहरण’ आ ‘गंगाजल’ के भोजपुरिया वर्जन ह. माफियाराज पर बनल एह फिल्म ‘‘हम हईं मुन्ना भईया’’ में हाई वोल्टेज एक्शन सीन, रोमांस आ कोमेडी सगरी बा आ साथ में बावे एगो नया कहानी जे एह फिल्म के देखे खातिर लोग के मजबूर कर दीहि.


(स्रोत : उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment