भोजपुरी फिल्म “रंगबाज” कई गो नया परम्परा शुरु करे खातिर जानल जाई. थ्रीजी पर पहिला बेर एह फिल्म के प्रोमोशनल वीडियो जारी भइल रहे जवना के फिल्म के निर्माता कंपनी ए एस सी डिजिटल प्रा॰लि॰ खुदे जारी कइले रहल एयरटेल मोबाइल सेवा पर. आ अब एह फिल्म के प्रोमो इन्टरनेट पर डाल के एगो अउरी नया शुरुआत होखे जा रहल बा. फिल्म के प्रोमोशनल वीडियो आ इन्टरनेट प्रोमो से भोजपुरी सिनेमा के कमाई के एगो अउरी रास्ता मिलल बा जवना पर बाकियो निर्माता जल्दिये चलल शुरु कर दीहें.
“रंगबाज” के निर्देशन शिवराम यादव के बा आ मुख्य किरदार में हैदर काजमी आ रानी चटर्जी बाड़े लोग. देखल जाव रंगबाज के प्रोमो इन्टरनेट पर का कमाल कर देखावत बा.
(स्रोत – शशिकान्त सिंह)