अमर सिंह के तबियत खराब
-

पूर्वांचल राज्य बनावे के माँग ले के इलाहाबाद से पूर्वांचल स्वाभिमान यात्रा पर निकलल अमर सिंह के तबियत अचानके बहुत खराब हो गइल. जवना का चलते डाक्टर का सलाह पर ऊ यात्रा छोड़ के दिल्ली रवाना हो गइलें. यात्रा चलत रही आ ओकर नेतृत्व अब अमर सिंह के भाई अरविन्द सिंह करीहें. कुछ दिन पहिले संजय दत्त एह यात्रा के छोड़ वापिस लवटि चुकल बाड़े आ काल्हु के यात्रा में जयोप्रदा ना लउकली. अब एह तबियत खराब का पाछे स्वास्थ्य बा कि राजनीति एह पर असमंजस हो रहल बा. बाकिर हर पार्टी का तरह अमरो सिंह का पार्टी में परिवारवाद के हावी होखे के संकेत त जरुरे मिल गइल जब यात्रा के नेतृत्व अमर सिंह के भाई का लगे चलि गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts