आईबी का छापा में सिवान में फर्जी फोन एकसचेंज धराइल
-


सिवान, 26 अप्रैल. बुध का देर राति सिवान के बबुनिया मोड़ का एगो दुकान पर छापा मारि के आईबी आ सिवान पुलिस एगो फर्जी फोन एक्सचेंज के भंडाफोड़ कइलें आ एकरा के चलावे वाला मुमताज खान के गिरफ्तार कर लिहलें.
सिवान के बसंतपुर इलाका के सैदपुरा के एमएम कॉलोनी में भाड़ा पर रहे वाला मुमताज खान सॉफ्टवेयर लगा के विदेशी कॉल के लोकल कॉल बना देत रहुवे आ एह जरिए लोग के पाकिस्तान, कुवैत, दुबई जइसन जगहन पर बात करावत रहुवे. ओकरा एह फर्जीवाड़ा से देश के करोड़ों रुपिया के नुकसान चहुँपवले बा ई मुमताज खान.
मुमताज के दुकान एमियान सिस्टम का नाम से चलत रहुवे आ ऊ मोबाइल फोन आ सीसी़ीवी कैमरा के होलसेलर रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts