उ.प्र.मे जलस्तर घटला से हालात सुधरल
-

उत्तर प्रदेश के राहत आयुक्त काल्हु बतवलन कि नियन के पानी घटला से बाढ़ के हालात में सुधार आइल बा. हालांकि प्रदेंश मे अबहियों शारदा नदी पलियाकला मे 80 सेमी, बूढी राप्ती नदी ककरही सिद्धार्थनगर मे 115 सेमी., कुआनो नदी गोण्डा मे 140 सेमी. उपर बाड़ी खतरा के निशान से.

यमुना नदी मुजफ्फरनगर मे आ गोमती नदी सीतापुर में बढत बाड़ी. घाघरा नदी बहराइच आ बाराबंकी मे स्थिर आ बलिया मे घटत बाड़ी. अयोध्या मे सरयू के जलस्तर बढत बा. राप्ती नदी बहराइच. गोरखपुर मे घटत बा आ बलरामपुर. सिद्धार्थनगर आ. गोरखपुर. मे स्थिर बा. रोहिन नदी महराजगंज मे घटत बा.बलिया जिला मे पानी के लेवल घटला का बाद राष्ट्रीय आपदा प्रबंधन के टीम वापस भेज दिहल गइल. (वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts