जम गइलन विनय आनद 'बिहारी रिक्शावाला' बन के
-

VinayAnand-BihariRickshawalaजी हँ दोस्त लोग, शुभ समाचार ई बा कि भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्रीओ अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट के मैदान के तरह बा आ एह मैदान के पिच पर जे जम जाव उहे हीरो ह, स्टार ह. भोजपुरी फिलिम रूपी क्रिकेट टीमो मे अनेके खिलाड़ी अपना अपना खेल के दर्शन करावेले. अब जे दर्शकन का सोझा ठहर गइल से हीरो आ बाकी सभे ज़ीरो.

अब बतावत चलीं कि पिछला हफ्ता क्रिकेट के मैदान रूपी सिनेमा घरन मे नायक रूपी खिलाड़ी विनय आनन्द विकेट रूपी दर्शकन का सोझा अपना ‘बिहारी रिक्शावाला’ रूपी बल्ला से विकेट रूपी दर्शकन के ताली आ सिटी रूपी बॉल से खूब चौका, छक्का दागत बाड़ें. कहे के मतलब कि पिच पर जम गइल बाड़ें.

पिछला हफ्ता रिलीज फिलिमन में ‘बिहारी रिक्शावाला’ के नाम बहुते ज़ोशोखरोश से लिहल गइल. दर्शकन के अपार स्नेह मिलल एह फिलिम के.
विनय आनद अबले नाहियो त साठ से अधिका फिलिमन में अपना अभिनय के जलवा देखा चुकल बाड़े आ एह मिथक के तूड़ देखवले बाड़न कि भोजपुरी में गायके नायक बन सकेला.

अब एक तरफ ‘बिहारी रिक्शावाला’ सफलता के इतिहास रचत बावे त विनय आनन्द के अगिला फिलिम ‘बिहारी टाइगर’ रिलीज होखे वाला बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts