निरहुआ-मोनालिसा के ‘‘इज्जत’’ परदा पर आवे ला तइयार
-

Nirahua-Monalisa-film-izzatभोजपुरी के अगिला पाँत के निर्माण कंपनी मिथिला टॉकिज के चर्चित फिलिम ‘‘इज्जत’’ अब प्रदर्शन खातिर तइयार बा. एह फिलिम के मुख्य जोड़ी जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ आ हॉट अदाकारा मोनालिसा के बा. निर्माता मनोज कुमार चौधरी के एह समहर मनोरंजन करे वाली फिलिम में निरहुआ आ मोनालिसा के संगे प्रतिभा पाण्डेय, दीपक भाटिया, विष्णु शर्मा, सुबोध सेठ, गौरी शंकर, मनीष चतुर्वेदी, अभय राय, सीमा सिंह, आ ब्रजेश त्रिपाठी के प्रमुख भूमिका बा. निर्देशक हउवें बाली.

एह फिलिम में निरहुआ एगो बेराजगार नवही बाड़े जे अपना घर के इज्जत बचावे ला अपराध का राहे बढ़ निकलत बा. मोनालिसा आ प्रतिभा पाण्डेय उनकर प्रेमिका बनल बाड़ी. गीतकार हउवें प्यारेलाल यादव आ संगीतकार राजेश-रजनीश. संपादन कइले बाड़ें गोविन्द दूबे. एक्शन मास्टरी इकबाल सुलेमान के आ कला विजय दास के बा. फिलिम के संगीत वेब म्युजिक पर बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts