पुलिसे के रायफल छीन ले गइले स
-

सारण जिला के डोरीगंज थाना के कुतुबपुर दियारा मे काल्हु देर रात शराब पीए खातिर भइल झगड़ा का बाद भइल गोलीबारी से एक आदमी के मौत हो गइल आ दू गो पुलिस वाले समेत तीन लोग घवाहिल हो गइल.
पुलिस सूत्र आजु बतवले कि कुतुबपुर दियारा मे एगो मिठाई का दुकान पर कुछ लोग शराब पीयत रहवे. एही दौरान एगो दोसरा गुट के लोग विरोध कइल त बात बढ़ गइल आ दुनु तरफ से गोली चले लागल. खबर मिलते पुलिस मौका पर पहुँचल बाकिर गाँववाले पुलिसो पर हमला कर दीहले. एगो पुलिस जवान विश्वामित्र यादव के इंसास रायफलो छीन के बदमाश फरार हो गइले.
एह हमला मे घायल दू गो पुलिस जवान के छपरा सदर अस्पताल मे भरती करावल गइल बा आ गंभीराह घवाहिल गाँव वाला के पटना मेडिकल कॉलेज अस्पताल भेजल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts