फिलिम बनावेवालन के फायनेंस करे आइल एस एस फिल्म फैक्ट्री
-

ssfilmfactoryभोजपुरी सिनेमा के तिसरका दौर के अउरी मजबूत बनावे खातिर कार्पोरेट कम्पनी “एस एस फिल्म फैक्ट्री” एह इंडस्ट्री से बतौर फायनेंसर आइल बिया. कंपनी के मकसद बा “नयका निर्माता लोग के आर्थिक समस्या दूर करत भोजपुरी सिनेमा के बढ़ावा दिहल.” एह घरी भोजपुरी फिलिमन के बनल पहिले से कम हो गइल बा आ एगो बड़हन समस्या बा फिलिमन खातिर धन जुटावल.

एह बारे में कंपनी के रुखसार शेख के कहना बा कि, “भोजपुरी सिनेमा के सुनहुला दौर चलत त बा बाकिर नयका फिलिमन के निर्माता लोग के केनियो से कवनो तरह के सहयोग नइखे मिलत. कई एक फिलिम त बस एह चलते डिब्बा बन्द हो जात बाड़ी स काहे कि केहू ओहनी के पाँचो दस लाख के मदद करे ला तइयार नइखे. अब कंपनी के कोशिश रही के हर निर्माता के ओकरा भर जरूरत धन मुहैया करा दिहल जाव जेहसे कि हर फिलिम दर्शकन ले चहुँप सको.”

इहो जाने लायक बा कि एस एस फिल्म फैक्ट्री अपना होम प्रोडक्शन हाउस से एगो फिलिमो बनावे जात बिया जवना के कहानी लिखल जात बा.


(अपना न्यूज़)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts