बनारस शीतला घाट पर बम विस्फोट
-

आजु साँझ बनारस के शीतला घाट पर रोज का तरह गंगा आरती होखे का समय एगो बम विस्फोट होखला से दू दर्जन से बेसी लोग घवाहिल हो गइल बा. दू आदमी के मरे के खबर बा बाकिर ओकर आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल. घवाहिलन में कुछ विदेशी पर्यटको रहलें जे गंगा आरती देखे खातिर घाट पर चहुँपल रहलें. बम विस्फोट का बाद देश के कईएक शहरन में अलर्ट के घोषणा कर दिहल गइल बा. केन्द्रीय गृह मंत्रालय का तरफ से एह विस्फोट का बाबत कवनो जानकारी नइखे जारी भइल. एहसे कहल मुश्किल बा कि के, काहे ई हमला कइल. वइसे काल्हु छह दिसम्बर का दिने यूपी में काफी एहतियात बरतल गइल रहे काहे कि ओही तारीख के अयोध्या में विवादित ढाँचा गिरा दिहल गइल रहे. बनारस के आजु के बम विस्फोट के ओह मामिला से जोड़ल ठीक ना कहाई काहे कि अबही पूरा विवरण नइखे मिलल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts