बिरहा सम्राट विजयलाल यादव तीन गो मल्टीप्लेक्स में
-

भोजपुरी सिनेमा के इतिहास में पहिला बेर कवनो फिल्म के रिलीज सिंगल स्क्रीन थियेटरन का साथही तीन तीन गो मल्टीप्लेक्सो में रिलीज कइल गइल आ एह फिल्म के देखे वालन के भीड़ देख के कहल जा रहल बा कि नदिया के पारबिदाई का बाद पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म के देखे खातिर अइसन भीड़ जुट रहल बा. एह फिल्म के नाम ह भईया के ससुरारी में.

मुंबई का अंधेरी के फेम एडलैब मे, गोरेगाँव का मूवी स्टार में , आ जागेश्वरी के २४ कैरेट में एकरा के रिलीज कइल गइल बा. निर्मात्री रीना एस पासी एह फिल्म ले दर्शकन खातिर तीनो मल्टीप्लेक्स में शुरु के तिन दिन खातिर टिकट दर में पचास फीसदी के छूट दे दिहली. एकर फायदा ई भइल कि यूपी बिहार के भोजपुरिया परिवार मल्टीप्लेक्सन में फिल्म के आनन्द ले रह बाड़े.

सिंगलो स्क्रीन थियेटर पर पूरा दाम लागे का बावजूद वइसने भीड़ उमड़त बा. राजकुमार आर पाण्डे निर्देशित एह फिल्म में बिरहा सम्राट विजयलाल यादव आ रानी चटर्जी के जोड़ी मुख्य भूमिका में बा. देखे वाला कहत बाड़न कि विजय लाल यादव में आवे वाला दिन के सुपर स्टार झलकत बा. फिल्म में विजय लाल यादव एगो अइसन देवर का भूमिका में बाड़न जवना के देख के सलमान खान के याद आ जात बा. भोजपुरिया चुलबुलापन लिहले विजय लाल के शानदार डायलाग डिलिवरी, खतरनाक एक्शन, सादगी भरल चेहरा, आ कामेडी पंच दर्शकन के खूब मजा दे रहल बा. ट्रेड पंडितन के कहनाम बा कि भोजपुरिया दर्शक गायक अभिनेता के सुपर स्टार बना के रहेलें आ भोजपुरी सिनेमा के इतिहास एकर गवाह बा..


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts