बिहार के खबर, बुध 24 अगस्त का दिने
-
  • बिहार का खगड़िया में जिला सहकारिता पदाधिकारी के घूस लेत घरी पकड़ लिहल गइल.
  • बिहार में एह साल नउवाँ क्लास में पढ़े वाला करीब साढ़े सात लाख छात्र आ साढ़े छह लाख छात्रा के साईकिल दिहल जाई जवना खातिर तीन सौ करोड़ रुपिया के खरचा सरकार सकार लिहले बिया.
  • तीस सितम्बर से पहिले सगरी निजी विद्यालयन के सरकार से मान्यता लेबे के पड़ी. एह खातिर आवेदन में ओह स्कूल के फीसो के जानकारी देबे के पड़ी. मान्यता देबे खातिर हर जिला में तीनसदस्यन के कमिटी बनावल जाई जे मान्यता दे त सकी बाकिर वापिस ना ले पाई. मान्यता रद्द करे खातिर सरकार से अनुमति लेबे के पड़ी.
  • प्रदेश में बाढ़ के हालात अबहियो खराबे बा. भागलपुर, समस्तीपुर, मधेपुरा, बेगूसराय कतहीं कवनो सुधार नइखे भइल.
  • बिहार के उप मुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी कहले बाड़न कि राज्य सरकार भ्रष्टाचार पर अंकुशा लगावे खातिर प्रतिबद्ध बिया आ ई मुहिम आगहू जारी रही.
  • बिहार के लखीसराय जिला में जून से अगवा व्यवसायी के कंकाल पुलिस बुध का सबेरे बरौनी से बरामद कइलसि. एह मामिला मे दू जने के गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • बिहार में आमदनी से बेसी के संपति अर्जित करे वालन के जानकारी देबे वालन के पचास हजार रुपिया तक के नकद पुरस्कार दिहल जाई. अगर जानकारी से ओह अधिकारी के संपति जब्त कर लिहल जात बा त सूचना देबे वाला के पाँच लाख रुपिया तक के इनाम दिहल जा सकेला.
  • सारण जिला के माँझी थाना के प्रभारी कपूर नाथ शर्मा के एगो औरत से बदसलूकी कइला के आरोप में निलम्बित कर दिहल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts