भारत के पीवी सिंधु विश्वकप बैडमिंटन में कांस्ये पदक पर रोका गइली
-

विश्व बैडमिंटन चैंपियनशिप के महिला एकल मुकाबला में गोल्ड जीते का अभियान पर निकलल भारत के महिला खिलाड़ी पीवी सिंधु के अभियान सेमीफाइनल में जा के रुक गइल जब उनका के थाइलैंड के खिलाड़ी रतचानिक इंतानोन सीधा सेट में हरा दिहली. चैंपियनशिप में सिंधू के खेल देख के लागत रहुवे कि अबकी विश्व बैडमिंटन में भारत का हाथे पहिला बेर स्वर्ण पदक मिल जाई. बाकिर कांस्ये पदक पर संतोष करे के पड़ल. एहसे बत्तीस साल पहिले भारत के प्रकाश पादुकोणे के विश्व कप में कांस्य पदक जीतले रहलें. शनिचर का दिने भइल खेल में सिंधु शुरुवे से बिना लय के लउकली आ पूरा खेल में कबो वापसी करत ना लउकली.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts