महुआ टीवी पर हँसी के तड़का
-

भोजपुरी प्रेमियन के दिल जीत चुकल टीवी चैनल महुआ टीवी अब ले के आ रहल बा “हँसी के तड़का”. दर्शक एह शो के देखत हँसते हँसत रात के स्वागत करीहें. शो के कलाकार हमनिये का बीच से चुनके आइल होखीहें. रउरा देखब चौदह गो हँसी के कलाकारन कें जे अपना मँझल कलाकारी से, अपना अदायगी से, आ अपना बोली से राउर दिल जीत लीहें. शो के एंकर रहीहें भोजपुरी सिनेमा के हॉट गर्ल उर्वशी चौधरी आ हास्य कलाकार सुनील साँवरा. निर्णायक मण्डल में शामिल रहीहें मशहूर कामेडियन सुनील पाल, अदाकारा उपासना सिंह आ हर हफ्ता एगो मेहमान जज का रुप में बालीवुड के सितारा.

जवना चौदह प्रतिभागियन के एह शो खातिर चुनल गइल बा उनुकर नाम बा सिवान के अनुराग चैनपुरिया, कुशीनगर के अरविंद ओम गुप्ता, नवादा के बुल्लू कुमार, पटना के हर्षिका प्रिया, बलिया के नीतेश राय, देवरिया के परितोषपति त्रिपाठी, दिल्ली के पीयूष दुबे, भोपाल के रणवीर प्रताप, जबलपुर के संजय गायकवाड, इलाहाबाद के शाहरुख इकबाल, हरियाणा के सोनू राजा आ सुशील खरबंदा, नयी दिल्ली के सुमन कुमारी आ औरंगाबाद बिहार के सुनील दत्त.

शो के प्रसारण चार मार्च से हर शुक आ शनिचर के रात ९ बजे से होखल करी.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

3 Comments

  1. omprakash amritanshu

    हँसी के तड़का”के, हम स्वागत करत बनी !
    आपन किमती समईया आर्पित करत बनी !!
    धन्यवाद !
    ओ.पी.अमृतांशु

    Reply
  2. BSD

    bahut sahi eisan karyakram ke jaroorat rahe

    Reply
  3. arvinid tiwari

    i have like to this news this is a great thing a bhojpuria langige

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts