यूपी से राज्यसभा चुनाव भइल रोचक, एगारह ना तेरह जने
-


लखनऊ 12 मार्च (वार्ता) यूपी से राज्यसभा के दस गो खाली होखे वाला सीटन के चुनाव ला काल्हु आखिरी दिने ले तेरह लोग आपन परचा दाखिल करा दीहल. एहमें से अकेले भाजपे से एगोरह जने परचा दाखिल कइले बाड़ें. सपा से एगो आ बसपा से एगो. एह तरह कुल मिला के तेरह उमीदवार हो गइला से चुनाव करावे के जरुरत पड़हीं के बा. भाजपा के आठ गो आ सपा के अकेला उमीदवार के जीतल तय बा. भाजपा से दू जने आपन नाम वापिस ले सकेलें.
एह चढ़ाउपरी में बसपा उमीदवार के जीतला प सन्देह जइसन हो गइल बा आ मायावती कांग्रेस से कहले बाड़ी कि ओकर सातो भोट एहिजा मिली तबहिएं मध्यप्रदेश में बसपा के भोट कांग्रेस के मिल पाई.
एह चुनाव में खरीद फरोख्त रोके ला व्यवस्था बा कि हर विधायक आपन भोट अपना गोल के सचेतक के देखाइए के डाली. नरेश अग्रवाल के भाजपा में शामिल हो गइला का बाद उनुकर विधायक बेटा आ कुछ अउर समर्थक भाजपा के भोट दे सकेलें.
आजु परचा के जाँच कइल जाई आ 15 तारीख ले नामवापसी का बादे सबकुछ साफ हो पाई. तबले धुकधुकी बनल रहे के बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts