रविकिशन के नासिर हुसेन सम्मान
-

भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन के अगिला महीना अप्रेल में दिल्ली में आयोजित होखे जा रहल पू्र्वांचल एकता मंच का सम्मेलन में भोजपुरी सिनेमा के विकास आ ओकरा के लोकप्रिय बनावे में रविकिशन के खास योगदान देखत नासिर हुसेन सम्मान से सम्मानित कइल जाई. एह अवसर पर भोजपुरी सिनेमा के कई दोसरो दिग्गजन के सम्मानित कइल जाई. उल्लेख जोग बाति इहो बा कि करीब १४० गो भोजपुरी फिल्म में काम कर चुकल रविकिशन आ पुरस्कारन के नजदीकी संबंध रहल बा. पिछला पाँच साल से ऊ लगातार भोजपुरी फिल्म अवार्ड समारोह में सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के पुरस्कार जीतत आ रहल बाड़े. पिछला दिने उनुका के छत्तीसगढ़ के मुख्यमंत्री डा॰ रमण सिंह का हाथ से कला सम्राट सम्मान दिहल गइल त बिहार के मुख्यमंत्री का हाथ से बिहार रत्न शिखर सम्मान.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts