सतीश दिअवलन भारत के तिसरका स्वर्ण पदक
-


गोल्ड कोस्ट 07 अप्रैल (वार्ता). 21वां राष्ट्रमंडल खेलन में वजन उठावे का खेल में भारोत्तोलक खिलाड़ियन से मिल रहल पदकन में इजाफा करत आजु सतीश कुमार शिवालिंगम भारत के तिसरका स्वर्ण पदक दिआ दिहलन.
77 किलोग्राम वर्ग में कुल 317 किलोग्राम वजन उठाके स्वर्ण पदक जीते वाला सतीश शिवालिंगम स्नैच में 144 किलोग्राम आ क्लिन एंड जर्क में 173 किलोग्राम वजन उठा के ई पदक हासिल कइलन. उनुकर उठआवल कुल वजन 317 किलोग्राम रहल.
भारत के 21वां राष्ट्रमंडल खेलन में मिले वाला ई तिसरका स्वर्ण पदक आ कुल पांचवां पदक हो गइल. आ ई सगरी पदक भारोत्तोलके खिलाड़ी दिअवलें बाड़े.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts