सारण जिला के मोटरसाइकिल चोर पकड़‪इले सँ
-

सारण जिला मेंं मोटरसाइकिल लूट आ चोरी के अनेके घटना का बाद बनावल गइल स्पेशल टीम बियफे का रात में कइ जगहा छापा मार के पाॅच गो बदमाशन के गिरफ्तार क लिहलसि. एकनी का लगे से कुछ मोटरसाइकिल बरामदो भइल बा.
पकड़ाइल बदमाशन में गिरोह के सरगना जलालपुर के पवन कुमार सिंह, सिसवन थाना के चोटेयां गांव के उमेश यादव, एमएच नगर के चंदन राय, दाउदपुर के सुनील राम आ सिसवन के बुलेट यादव शामिल बाड़े स.
एकनी का लगे से बरामद दस्तावेज से लागत बा कि इ सब मोटरसाइकिल चोरा भा लूट के ओकर नकली कागजात बना के दोसरा जिला में बेच देत रहले सॅ. एकनी से मिलल जानकारी का आधार पर कुछ अउरिओ लोग गिरफ्तार कइल जा सकेले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts