सिद्धार्थनगर जिला अस्पताल में आगि लागल – सात गो मासूम बाल बाल बचले
-

(फाइल फोटो)


सिद्धार्थ नगर 13 मार्च (वार्ता). सिद्धार्थनगर जिला अस्पताल में बिजली के शॉर्ट सर्किट से आगि लगलै से अफरातफरी मच गइल बाकिर कर्मचारियन के तेजी से सात गो मासूम बाल-बाल बच गइले.
आधिकारिक सूत्र बतवलें कि अस्पताल के मदर केयर यूनिट में काल्हु देर राति शार्ट सर्किट का चलते आगि लाग गइल. एह वार्ड में सात गो मासूम भर्ती रहलें. आगि लागल पता चलते अस्पताल के स्टाफ पूरा अस्पताल के बिजली काट दिहलें आ अग्निशमन यंत्र अउर बालू का मदद से आगि पर काबू पावे में सफल हो गइलें.
बाद में सगरी बचवन के दोसरा वार्ड में भेजल गइल. एह बीच बीमारी का चलते एगो बचवा के मौत हो गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts