हिन्दू का देश में हिन्दू के तीर्थयात्रा सुरक्षा का बीच निकाले के शर्मनाक मजबूरी
-


अमरनाथ यात्रियन के पहिलका जत्था रवाना आजु चाक चौबंद सुरक्षा का बीच निकालल गइल.
जम्मू, 27 जून (वार्ता) अमरनाथ यात्रियन के पहिलका जत्था आजु सबेरे कड़ा सुरक्षा का बीच भगवती नगर आधार शिविर से रवाना हो गइल.
जम्मू कश्मीर के मुख्य सचिव बीवीआर सुब्रमण्यम, राज्यपाल एनएन वोहरा के सलाहकार बी.बी. व्यास अउर विजय कुमार एह जत्था के रवाना करवलें आ हरी झंडी देखा के एहिजा के आधार शिविर से रवाना करवलें.
ई पहिलका जत्था आज गांदेरबल स्थित बालटाल अउर अनंतनाग स्थित नुनवाल, पहलगाम आधार शिविर पहुंची, आ ओकरा बाद यात्री ओहिजा से 3880 किलोमीटर को ऊंचाई पर स्थित बाबा अमरनाथ के गुफा ला रवाना होखीहें.
जम्मू के पुलिस महानिरीक्षक एस डी सिंह जामवाल कहलें कि यात्रा शांति का साथ पूरा करावे के सगरी तइयारी करावल गइल आ सीमा पार के कवनो नापाक इरादा के नाकाम करे ला सुरक्षाबल के जवान पूरा तरह तैयार बाड़ें.
एह जत्था में 1554 गो मरद, 320 गो औरत आ 20 गो बच्चा शामिल बाड़ें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts