देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Nov 20, 2011 | 0 comments

(शनिचर, 19 नवंबर)
देश

  • भठियरपन का मामिला में पिछला दू साल से जेल में बंद झारखण्ड के दू गो पूर्व मंत्रियन पर हेराफेरी के आरोप तय हो गइल.
  • भठियरपन आ करिया धन का खिलाफ अपना जन चेतना यात्रा के अंतिम दौर में गाजियाबाद चहुँपल भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी कहले कि अगिला साल 2012 जवाबदेही के साल होखी. आजु आडवाणी दिल्ली के रामलीला मैदान में जनसभा संबोधित करीहें.
  • हिमाचल प्रदेश के मुख्यमंत्री प्रेम कुमार धूमल कहले बाड़न कि राज्य के किसानन, फल उत्पादकन अउर समाज के पिछड़ा वर्ग के सामाजिक आ आर्थिक उत्थान का मकसद से 520 करोड़ रुपिया के कर्जा बाँटल गइल बा,
  • लाड़ कुमारी जैन के राजस्थान महिला आयोग के अध्यक्षा बनावे के आदेश शनिचर के जारी भइल.
  • भंवरी मामला के जांच के निगरानी करे खातिर सीबीआई के अतिरिक्त निदेशक शनिचर का दिने जोधपुर चहुँपले.
  • पूर्वी दिल्ली के आनंद विहार रेलवे स्टेशन का नियरा एगो मैनहोल में गिर के तीन लोग के मौत हो गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल.
  • मनसे का तरफ से मुम्बई के स्थानीय चुनाव लड़े के टिकट ओकरे के मिली जे एह खातिर होखे वाला लिखित परीक्धा पास कर ली.
  • दिल्ली के महापौर रजनी अब्बी शनिचर का दिने केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम से भेंट कर के कहली कि दिल्ली नगर निगम के तीन हिस्सों में बंटवारा के मुद्दा पर ऊ शीला दीक्षित सरकार के दबाव में मत आवसु.
  • केंद्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश शनिचर के कहले कि विकास ना होखला का चलते ओह इलाकन में नक्सलवाद पसरत बा आ एकरा से निबटे खातिर ओह इलाकन के विकास पर ध्यान देबे के होई.
  • सबरीमाला तीर्थयात्रा में एह साल से क्यू-कूपन बुकिंग होखला से श्रद्धालु खुश बाड़े. अब ओह लोग के कतार में ढेर देर खड़ा होखे के कइखे पड़त.

दुनिया के खबर

  • सऊदी अरब में कानून बननावल गइल बा कि अगर कवनो औरत के आँख मोहे वाला बा त ओह आँखिन के ढाँक के राखे के पड़ी.
  • गद्दाफी के बेटा सैफ अल इस्लाम के लीबिया में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • पाकिस्तान में लोकतंत्र के मजबूती करे खातिर अंतर्राष्ट्रीय मदद के जरूरत बतवलन आसिफ अली जरदारी.
  • पाकिस्तान के विदेश मंत्री हिना रब्बानी खार के कहना बा कि अफगानिस्तान में पाकिस्तान के कवनो तोपल एजेंडा नइखे.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • राजग सरकार का कार्यकाल में निजी दूरसंचार कम्पनियन के दिहल 2जी स्पेक्ट्रम मामिला में प्रमोद महाजन के भूमिका पर सवाल उठावत सीबीआई एगो नया मामिला दर्ज करके भाजपा के असहज कर दिहलसि. भजापा के कहना बा कि चिदम्बरम के बचावे के ई आखिरी चाल चलले बिया सरकार.
  • केन्द्र सरकार शनिचर का दिने हथकरघा बुनकरन के अड़तीस सौ चौरासी करोड़ के कर्जा माफ कर दिहलसि. कवनो बुनकर के पचास हजार रुपिया तक के कर्जा माफ कर दिहल जाई. एह फैसला से तीन लाख बुनकरन के फायदा होखी.
  • साल 1996 के एगो दूरसंचार घोटाला मामिला में दिल्ली के एगो अदालत तब के केंद्रीय दूरसंचार मंत्री सुखराम के पांच साल के सश्रम कारावास के सजा सुनवलसि. सुखराम के कहना बा कि उनुका के राजनीति का चलते फँसावल गइल बा आ ऊ सुप्रीम कोर्ट में अर्जी डलीहें.
  • शनिचर का दिने 2जी मामला में एयरटेल आ वोडाफोन के कार्यालयन पर छापा मार के सीबीआई नया मामला दर्ज कइले बिया. ई राजग कार्यकाल के मामिला ह.

मनोरंजन का दुनिया से

  • पूर्व मिस अफगानिस्तान रह चुकल विदा समदजई शनिचर रात बिग बॉस-5 से बाहर हो गइली.
  • दिग्गज अभिनेता शशि कपूर के तबियत ठीक ना रहला का बावजूद ऊ अपना बड़ भाई आ सदाबहार अभिनेता शम्मी कपूर के आखिरी फिल्म ‘रॉकस्टार’ देखे केहू तरह थियेटर में आके फिल्म देखलन. एह फिल्म में शम्मी कपूर आखिरी बेर अभिनय कइले रहले.
  • पाकिस्तान के दिलकश अदाकारा वीना मलिक एह घरी एगो 3डी हॉरर फिल्म के शूटिंग में व्यस्त बाड़ी. बाकिर सुरक्षा कारण से ओह जगह के नाम ना बतवली.

खेल के खबर

  • जोहांसबर्ग टेस्ट का तीसरा दिने शनिचर के खेल खत्म होखे तक दक्षिण अफ्रीका के टीम अपना दूसरा पारी में तीन विकेट के नुकसान पर 229 रन बना लिहले रहुवे आ अब आस्ट्रेलिया पर ओकर बढ़त 199 रन के हो गइल बा.
  • साल1996 में कोलकाता में श्रीलंका से भइल विश्व कप सेमीफाइनल मुकाबला फिक्स होखे के कांबली के आरोप के केंद्रीय खेल मंत्री समर्थन कइले बाड़न त दोसरा तरफ बीसीसीआई आ अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद एह आरोपन के नकार दिहले बा. तब अजहरुद्दीन भारत के कप्तान रहले आ उहो एह बात के गलत बतवले बाड़े.
  • भारतीय हॉकी महासंघ का साथ वर्ल्ड सीरीज हॉकी लीग आयोजन करावे वाली कंपनी निम्बस स्पोर्ट्स एह लीग के विजेता टीम के चार करोड़ रुपिया के पुरस्कार देबे के एलान कइले बिया.
  • इंग्लिश हरफनमौला खिलाड़ी डी’ ओलिविएरा के अस्सी साल के उमिर में शनिचर का दिने निधन हो गइल.
  • विश्व जूनियर टेबलटेनिस में भारत के अंकिता दास क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइल बाड़ी.
  • विश्व कप कबड्डी के फाइनल भारत-कनाडा का बीच अतवार का दिने लुधियाना में खेलल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up