‘गॉंव के लाल’ फिलिम के संगीतमय मुहूर्त

GaonKeLal-muhurtजैनव आर्ट मूवी के बैनर में बने जात भोजपुरी फिलिम ‘गॉंव के लाल’ के संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने मीरा रोड पर वेद माता फिल्म स्टूडियो में निर्माता एस. ए. सीवानी नारियल फोड़ के कइलन. एह मौका पर गायक सलामत अली का आवाज में एगो गाना रिकार्ड कइल गइल. सामाजिक रितिरिवाजन पर आधारित एह पारिवारिक फिलिम के शूटिंग 28 अगस्त से बिहार के सिवान आ गोपालगंज में कइल जाई. एहमें कुल नौ गो गाना बाड़ी सँ. निर्देशन करत बाड़ें जगदीश सिंह.

मुहुरत का मौका पर फिल्म जगत के अनेके खासमखास लोग मौजूद रहल.

फिलिम के कहानी लिखले बाड़े आदित्य बाबा त गीत विश्वनाथ राजपुरी, सतेन्द्र आ सुभाष यादव(कविजी) के लिखल बाड़ी सँ. संगीत विजयनंदा के, नृत्य अर्जून के आ प्रोडक्शन रविन्द्र नाथ गुप्ता के बा.

मुख्य कलाकारन में अमित शर्मा, नीरज सुधांशू, नेहा तिवारी, जय तिलक, एस ए सीवानी आ उपासना सिंह के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।