फिल्म फेयर में छपला क बाद रिंकू घोष ला बधाईयन क लर लागल
-

फिल्म फेयर में छपला क बाद पूरा फिल्म इंडस्ट्री पर छा गइल नायिका रिंकू घोष के हर तरफ चर्चा बा, देश के कोना-कोना से रिंकू घोष के बधाई मिलत बा, कोलकाता से आइल एगो बधाई संदेश में कहल गइल कि ‘भोजपुरी सिनेमा क ई नायिका ऊ काम कर देखवली जवना ला बंगाली फिलिमन के नायिका तरसेली.’ बिहार से आइल बधाई संदेश में कहल गइल कि ‘रिंकू घोष भोजपुरी क शान अउरी बढ़ा दिहली.’ तमिलनाडु से आइल संदेश में कहल गइल बा कि ‘मनोज तिवारी आ रिंकू घोष साउथो में बहुत पापुलर बाड़ें.’ अजमेर के एगो महिला प्रशंसक के कहना बा कि फिल्म फेयर में छपला का बाद रिंकू के फैन फालोअरन के गिनिती बढ़ल बा. रिंकू घोष के प्रवक्ता क लगे लगातार बधाई फोन आवत बा. फेसबुको पर रिंकू घोष के बधाई देबे वालन के लर लागल बा. लोग एह नायिका का बारे में अधिका से अधिका जानकारी पावल चाहत बाड़ें. एगो संघर्षशील नायिका जानल चहले बाड़ी कि रिंकू घोष के कामयाबी के राज़ का बा? रिंकू घोष अपना सगरी चहेतन जे तहे दिल से धन्यवाद देत बाड़ी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts