भोजवुड में छवलसि मेघा घोष के खूबसूरती के बदरी…

भोजपुरी इंडस्ट्री में अब एगो अइसन घटा छावत बा जवना के नाम ह मेघा घोष… .मेघा घोष के चेहरे के मुस्कान बाकी अप्सरा के जलवा धुंधला मत कर देव ! वइसे मेघा घोष उड़ीसा अउर बंगाल में अपना खूबसूरती के बरसात कर चुकल बाड़ी. साऊथ के अनेके फ़िल्म कर चुकल बाड़ी मेघा घोष.

रविकिशन के अपोजिट फिल्म “आपन माटी आपन देश” से भोजपुरी इंडस्ट्री में कदम रखे वाली मेघा साऊथ के फिल्मन में व्यस्त होखे का चलते “भैया के साली ओढ़निया वाली” छोडे पड़ल रह. लेकिन अब फेर भोजवुड में अपना हुस्न के जलवा बिखेरे आ गइल बाड़ी मेघा घोष. मेघा घोष जल्दिये नज़र अइहें टॉकी फ्रेम्स के बैनर तले बनत निर्माता स्वप्नदीप के फिल्म “राजा के रानी से प्यार हो गईल” में, जवना में मेघा एगो शहरी लड़की के किरदार कइले बाड़ी. ई एगो रोमेंटिक फिल्म ह. एह फिल्म में मेघा के किरदार अपना प्यार के हासिल करे खातिर कवनो हद से गुजरे के तइयार बा.

अब देखल जाव कि फिल्म “राजा के रानी से प्यार हो गईल” में का मेघा अपना प्यार के हासिल कर पइहे ???


(स्रोत -स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..