इतिहास में 01 नवंबर
-

1858.. भारत के प्रशासन ईस्ट इंडिया कंपनी से ब्रिटिश राजघराना का हाथ मे गइल.
1881.. पश्चिम बंगाल के सियालदह आ आर्मेनियाई घाट ट्रैक के बीच कलकत्ता ट्राम्सवेज कंपनी पहिला ट्राम सेवा शुरू कइलसि.
1913.. सैन फ्रासिंस्को मे तारक नाथ दास गदर आंदोलन शुरू कइले.
1950.. चितरंजन लोकोमोटिव कारखाना मे भाप से चले वाला इंजन बनावल गइल.
1954.. पांडीचेरी, कराइकल, माहे, अउर यनन के फ्रांसीसी कालोनियन के भारत सरकार के सँउपल गइल.
1956.. दिल्ली के केद्र शासित प्रदेश घोषित कइल गइल.
1956.. मध्य प्रदेश के भाषाई आधार पर देश के सबसे बडका राज्य बनावल गइल.
1961.. हिंदुस्तान एरोनाटिक्स पहिला यात्री विमान एवीआरओ एचएस748 बनवलसि.
1967.. पंजाब राज्य के बाँट के दू गो राज्य पंजाब आ हरियाणा बनल. दुनु के राजधानी चंडीगढ के केद्र शासित प्रदेश बनावल गइल.
1973.. लक्षदीव, मिनिकाय आ अमीनदीवी द्वीप के संयुक्त रूप से लक्षद्वीप के नाम दीहल गइल.
1985.. हेलीकाप्टर सेवा पवन हंस के शुरूआत भइल.
2000.. छत्तीसगढ राज्य बनावल गइल.
(वार्ता के सौजन्य से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts