दहेज मामिला में पति के मिलल सात साल के जेल
-

वाराणसी 31 अक्टूबर (वार्ता) वाराणसी मे दहेज ला अपना पत्नी के आत्महत्या करे ला मजबूर कइला का आरोप में अदालत ओह औरत के पति सरफराज अली के सात साल के जेल आ दस हजार रुपिया जुर्माना के सजा दिहलसि.

केस रहे कि लोहता के कोटवा गांव के सरफराज के विआह साल 2008 मे बडागांव के इरशाद के बहिन इशरत से भइल रहे. बिआह का बाद से दहेज मे मोटरसाइकिल आ नकदी देबे खातिर सरफराज आ ओकर घरवाले इशरत के प्रताडित करत रहले जवना से आजिज आके ऊ 12 मई 2011 के फांसी लगा लिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts