इतिहास में 02 नवंबर
-

1534.. सिक्खन के चउथा गुरू गुरू रामदास के जनम.
1774.. वर्ष 1757 मे भइल पलासी के लडाई मे बंगाल के नवाब सिराजुद्दौला के हरा के देश में ब्रिटिश शासन शुरू करावे वाला लार्ड क्लाइव इंगलैड मे आत्महत्या कइलन.
1841.. अफगानिस्तान मे शाह शुजा का खिलाफ अकबर खान के बगावत.
1851.. लुईस नेपोलियन फ्रांस के सत्ता पर कब्जा कइलन.
1852.. फ्रैकलिन पियर्स अमेरिका के राष्ट्रपति चुनइले.
1914.. रूस तुर्की का खिलाफ युद्ध के घोषणा कइलसि.
1917.. पहिला विश्व युद्ध के दौरान पहिलका अमेरिकी सैनिक के मौत.
1936.. कनाडाई ब्रोडकास्टिंग कार्पोरेशन के स्थापना.
1953.. पाकिस्तान इस्लामिक गणराज्य बन गइल.
1964.. फैजल के सउंदी अरब के बादशाह बनावल गइल.
1976.. अमेरिका के राष्ट्रपति चुनाव मे डेमोक्रेटिक उम्मीदवार जिम्मी कार्टर रिपब्लिकन नेता जेराल्ड फोर्ड के हरवले.
1988.. मैक्सिको रेडियो स्टेशन से अमेरिकी मुक्केबाज माइक टायसन के मुअला के गलत खबर प्रसारित भइल.
1992.. एयरबस के विमान ए330 के पहिलका परीक्षण भइल.
(वार्ता के सौजन्य से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts