कांग्रेसी मंत्री फेरू हिन्दूवन के रिगवले

कांग्रेस के जयपुर मे भइल चिंतन शिविर में गृहमंत्री सुशील कुमार शिंदे हिंदू आतंकवाद के चरचा छेड़ले रहुवन आ भाजपा आ संघ पर आरोप लगवले रहुवन कि एह लोग के शिविर में आतंकी प्रशिक्षण दिहल जाला. एह बयान का बाद भाजपा गरमाइल रहुवे आ लागत रहे कि संसद सत्र पर एह बात के असर पड़ी. एहसे मामिला सलटावे का मकसद से गृहमंत्री एगो बयान जारी कर के खेद जता दिहलन. भाजपा ओकरा बाद मामला के रफा दफा मान लिहलसि. बाकिर अब केन्द्रीय मंत्री कमलनाथ कहले बाड़न कि गृहमंत्री कवनो बात ला माफी ना मँगलन बस अफसोस जतवलन. कमलनाथ के एह बयान का बाद मामिला फेरू गरमा जाव त अचरज ना होखे के चाहीं.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..