गोपालगंज मे बाढ़ का चलते लाखो लोग साँसत मे
-

गोपालगंज जिला मे गंटक नदी के बाढ़ से अनेके इलाकन के बाशिंदा साँसत मे पड़ल बाड़े बाल्मीकि बराज से फेरू पानी छोड़ला का चलते पानी के दबाव अउर बढ़ गइल बा. सिधवलिया इलाका मे रामचंद्रापुर छरकी टूटला का चलते बहुते गाँवन मे बाड़ के पानी तेजी से पसर गइल.

बैकुंठपुर के प्यारेपुर आशा खैरा तटबंध में पानी रिसल शुरू हो गइल बा आ बंधा कबहियो टूट सकेला. दीपउ गाँव का लगे रिंग बाँध का उपर से पानी बहत बा. मांझा में दर्जनों गांव बाढ़ के पानी मे घेराइल बा. बरौली प्रखंड के सलेमपुर गांव का नियरो रिंग बांध से पानी रिसे लागल बा. एह बाढ़ से नाहियो त एक करोड़ के फसल बरबाद होखे के अनेसा बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts