जबरदस्त लोग मुहल्ला के रास्ता बंद कर दिहल
-

छपरा के मौना पकड़ी बड़का दुअरा मुहल्ला में शनिचर का दिने कुछ बाहुबली रास्ता पर दीवार खड़ा कर दिहले. मुहल्ला के लोग एकरा खिलाफ एसडीओ आ एसपी कार्यालय पर प्रदर्शन कइल बाकिर एकर कवनो असर पड़त नइखे लउकत. एह दीवाल से करीब पचास घर के रास्ता बंद हो गइल बा.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..