जौनपुर में सड़क हादसा में दू जने के मौत
-

जौनपुर के मुंगराबादशाहपुर इलाका के रायपुर चौराहा का लगे एगो सड़क हादसा में स्कूटर सवार दू गो आदमी के ठाँवे पर मौत हो गइल. हादसा मंगल का रात करीब साढ़े आठ बजे भइल. दुनु जने, रोहियांव गांव के राजेश मिश्र आ शिवशंकर, मुंगराबादशाहपुर बाजार से सुजानगंज राह से अपना गाँवे जात रहले जब चौराह पर सामने से आवत बोलेरो ओह लोग के धक्का मार दिहलसि. टक्कर का बाद दुनु जने गिर पड़ले आ दुनु के मौत ओहिजे हो गंइल.

0 Comments

Recent Posts