तरारी पंचायत प्रमुख का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव पास ना हो पावल
-

छह अगस्त के भोजपुर जिला के तरारी पंचायत के प्रमुख जयशंकर प्रसाद का खिलाफ पेश अविश्वास प्रस्ताव पर वोट करावल गइल त जयशंकर प्रसाद का खिलाफ बारहे गो सदस्य वोट दिहलें. जबकि चौबीस सदस्य वाला पंचायत समिति में अविश्वास प्रस्ताव पास करावे खातिर तेरह गो वोट पड़ल जरूरी रहुवे. बाकिर मौजूद चौदह गो सदस्यन में से दू जने प्रस्ताव का खिलाफ वोट दे के अविश्वास प्रस्ताव गिरवा दिहलें.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..