नेपाल में भइल विमान हादसा में 50 लोग के मौत
-

काठमांडू 12 मार्च (रायटर). नेपाल के राजधानी काठमांडू के त्रिभुवन अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पर आजु बंगलादेश के एगो विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल आ एह हादसा में नाहियो त 50 लोग के मौत हो गइल. एह विमान में 71 लोग सवार रहल.

हवाई अड्डा महाप्रबंधक राज कुमार छेत्री बतावत बाड़न कि बंगलादेश के राजधानी ढाका से आइल यूएस-बंगला एयरलाइंस के विमान हवाई अड्डा के बाड़ से टकरा गइल जेहसे ओकरा में आगि लाग गइल. आग लगला का बाद विमान हवाई अड्डा का सड़क के किनारे खेत में जा रुकल.

सेना प्रवक्ता गोकुल भंडारी बतवलें कि अब ले 50 गो शव निकालल जा चुकल बा. दुर्घटनाग्रस्त बोम्बाडियर क्यू 400 विमान में सवार कई लोग के बचा लीहल गइल बा बाकिर अबहियों नव लोग के पता नइखे चलल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts