सोनिया के भोज में मंगल का दिने जुटीहें विपक्षी नेता
-

नयी दिल्ली, 12 मार्च (वार्ता). कांग्रेस के अध्यक्षा रहल आ संयुक्त प्रगतिशील गठबंधन के प्रमुख सोनिया गांधी काल्हु मंगल का दिने दिल्ली में विपक्षी गोलन के नेता लोग ला रात्रि भोज दे रहल बाड़ी. एह भोज का बहाने मौदी आ भाजपा विरोधी दोलन के एकजुत करावे के कोशिश करीहें सोनिया.

बतावल जात बा कि एह भोत में यूपीए में रहल सगरी गोल के नेवता भेजल गइल बा. हो सकेला कि तेलुगु देशमो के नेवता भेजाव. ओने इहो सुना में आवत बा कि ममता बनर्जी एह भोज में शआमिल होखे ना अइहें बाकिर अपना गोल के दू गो नेता लोग के भेजीहें.

द्रविड मुन्नेत्र कषगम के नेता एम के स्टालिनो के नेवता भेजाइल बा बाकिर उहो नइखन आवत. उनुको तरफ से उनुका गोल के राज्यसभा सांसद कनिमोझी शामिल होखीहें. राष्ट्रीय जनता दल के नेता तेजस्वी यादव भोज में शामिल रहीहें. नेवता बिहार के मुख्यमंत्री रहल जीतन राम मांझीओ के भेजल गइल बा जे हालही में राजग छोड़ के राजद गठबन्हन में शामिल भइल बाड़ें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts