फूहड़पन से फिलिम हिट ना होखे, कहलन सोहेल आज़ाद
-

Sohailजल्दिए रिलीज होखे जात आपन फिलिम ’दिल तोरे नाम’ से उछाह में आइल भोजपुरी अभिनेता सोहेल आज़ाद के कहना बा कि जवन सपना ले के ऊ रॉंची से मुंबई अइलें ओकरा के पूरावल उनुका ला बहुते चुनौती वाला काम बा. एहिजा आके अनेके कठिनाईयन के सामना कर चुकल सोहेल के कहना बा कि सफल होखे ला स्ट्रगल ना बलुक बढ़िया साफ-सुथरी कहानी वाली फिलिम मिले के चाहीं जवना के सगरी परिवार संगे बइठ के देखल जा सके ना कि वइसन जवना के बस पान वाला आ रिक्शा वाला देखसु. कहेलन कि दुअर्थी डायलाग आ फूहड़पन देखावत फिलिमन से सिनेमा भोजपुरी के स्तर गिरल जात बा. एकरा के बदले ला सोच बदले के पड़ी आ नंगापन हटावे के पड़ी. आजु नया कलाकार वाली फिलिमन के वितरक अइसन नजर से देखेलें कि लागेला कि ऊ फिलिम फोकटे में बन गइल होखे. हिन्दी सिनेमा के कलाकारन के भोजपुरी फिलिमन के ऑफर दिआला त तपाक से सुने के मिलेला कि ना बाबा, मेरा आगे का करियर है. हिंदीओ सिनेमा में आयटम सॉंग देखावल जाला बाकिर ओकर तरीका कुछ अलग होला. जरूरत बा कि भोजपुरीओ में एह बात के धेयान राखल जाव.

सोहेल जल्दिए एगो अउर भोजपुरी फिलिम के शूटिंग में लागे वाला बाड़न.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts