बाबा विश्वनाथ के दर्शन अब मोबाइलो पर
-

बारह ज्योतिर्लिंगन में से एक काशी विश्वनाथ मन्दिर के गर्भगृह मे होखे वाला पूजा अब देश विदेश के भक्त अपना मोबाइल पर देख पइहें. एह खातिर मंदिर न्यास परिषद पूजा के सजीव प्रसारण के इंतजाम करे जात बा. मंदिर गर्भगृह के आनलाइन कर दीहल जाई बाकिर एह पर मंगला भोग आ सप्तर्षि आरती ना देखावल जाई. अबहीं ई बाबा विश्वनाथ के पूजा के सजीव.प्रसारण सिर्फ टाटा स्काई पर नजर आई.
नयका अध्यक्ष आचार्य अशोक द्विवेदी के अध्यक्षता मे भइल न्यास परिषद के पहिलका बइठक मे ई फैसला भइल. इहो तय भइल कि मंदिर के दू गो शिखर पर इलेक्ट्रोप्लेटिग कर के सोना चढ़ावल जाई आ घिसल मार्बल बदल के नया मार्बल लगावल जाई.
अब बाबा विश्वनाथ के दर्शन करे आइल भक्तन के पूजा के भष्म का साथे एगो पुस्तिको दीहल जाई जवना में दर्शन महात्म्य, पूजा विधि, विशेष आरती के समय आ मंदिर के इतिहास के वर्णन होखी.
न्यास परिषद के अध्यक्ष आचार्य अशोक द्विवेदी इहो कहलन कि सिंदूर में पारा आ हल्दी मे चूना मिलावल होखला का चलते ई सब नुकसानदेह हो सकेला एहसे एह दुनु के प्रयोग पर रोक लगावल जा सकेला.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts