लालू के पछाड़ दिहलन कांग्रेसी सांसद रशीद मसूद
-

तीसहजारी अदालत में सीबीआई. के विशेष अदालत केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्री रहल रशीद मसूद के मेडिकल भर्ती घोटाला मे आजु चार साल के सजा सुना दिहलसि. एकरा साथही रशीद मसूद पहिलका सांसद हो गइलन जेकर राज्यसभा सांसदी भठियरपन का चलते चल जाई. लालू आ जगदीश शर्मा के सजा तीन तारीख के सुनावल जाई. एहसे ई लोग अब रिकार्ड ना बना पाई.
उच्चतम न्यायालय अपना हाल का निर्देश में कहले बावे कि कवनो जनप्रतिनिधि दू साल भा अधिका के सजा पावते तत्काल अयोग्य घोषित कर दीहल जाई.
सीबीआई के विशेष अदालत के न्यायधीश जेपीएस मलिक राज्यसभा में कांग्रेसी सांसद रशीद मसूद के धारा 120 बी, आपराधिक षडयंत्र रचे, 420 .धोखाधडी, आ 468 जालसाजी का तहत आज सजा सुनवले. एकरा बाद रशीद मसूद के तुरते हिरासत मे ले लिहल गइल.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts