बिहार के खबर
-

(बियफे 8 सितम्बर)

  • अरवल जिला में बियफे का दिने फूल तूड़े गइल दू गो लड़िकियन के तालाब में डूबला से मौत हो गइल.
  • आईएएस अधिकारी के जब्त भइल मकान में विद्यालय खुलल. भठियरपन के दोषी आईएएस अधिकारी शिवशंकर वर्मा के पटना के तिमंजिला बंगला में आजु बियफे से स्कूल चालू हो जाई. रुकनपुरा प्राथमिक विद्यालय के विद्यार्थियन खातिर एह बंगला में बेंच वगैरह लगा दिहल गइल बा. एह बारे में शिवशंकर वर्मा के एगो याचिका पर सुप्रीम कोर्ट बारह सितम्बर के सुनवाई करी.
  • पितरपख का दौरान एगारह से अठाईस सितम्बर का बीचे पटना गया रेल खंड पर जनशताब्दी छोड़ सगरी ट्रेन पुनपुन घाट पर रुकल करीहेंॆ
  • अररिया जिला के नगर थाना क्षेत्र में एगो प्रोफेसर का घरे चोरी करत बतावल जात एगो आदमी के पीट पीट के मुआ दिहल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts