मंत्री बनला का बाद पहिला बेर बलिया आइल नारद राय के स्वागत में बड़हन भीड़ उमड़ल
-

बलिया विधायक नारद राय यूपी के कैबिनेट मंत्री बनला का बाद पहिला बेर बलिया अइलें त उनुका स्वागत में उमड़ल भीड़ से जगहे जगह जाम लाग गइल. जानकार लोग बतावत बा कि आजु ले बलिया में कवनो नेता के अइसन स्वागत ना भइल रहे. एह भीड़ भाड़ में एक बेर नारद राय चक्कर खा गिर गइलन बाकिर डाक्टरन के टीम उनकर तबियत ठीक बतवलसि. थोड़िका देर आराम कइला का बाद नारद राय फेर अपना जुलूस मे शामिल हो गइलन. एकरा पहिलहूं कई बेर सभा समारोहन में नारद राय चक्कर खा के गिरल बाड़ें. पिछलका बेर जब बलिया जिला पंचायत चुनाव खातिर परचा दाखिला के समयो ऊ चक्कर खा के गिरल रहलें. तब उनका के जिला अस्पताल ले जाए के पड़ल रहे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts