वार्ड सदस्य के छूरा घोंप के हत्या

काल्हु शनिचर के देर रात गोपालगंज जिला के महमदपुर इलाका के हकाम गांव मे कुछ अपराधी वार्ड सदस्य मोहन प्रसाद के छूरा घोंप के हत्या कर दिहले आ एगो औरत के घवाहिल.
पुलिस बतावत बिया कि हकाम गांव के वार्ड संख्या छह के सदस्य बत्तीस साल के मोहन प्रसाद गांवे के एगो औरत संगे बतियावत रहले जब कुछ लोग दुनु के जबरिया गाँव का बहरी ले जा के छूरा घोंप दिहल. एहसे मोहन के मौत ओहिजे हो गइल बाकिर घाहिल औरत के बैंकुंठपुर सरकारी अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
घवाहिल महिला के बयान पर गाँवे के एक आदमी का खिलाफ नामजद केस दर्ज कइल गइल बा. आरोपी फरार बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..