सिवान जिला में पादरी समेत दू जने के हत्या
-

सिवान जिला में शुक का दिने एगो पादरी समेत दू आदमी के हत्या क दीहल गइल.
पुलिस बतावत बिया कि मैरवा इलाका के मिशन कम्पाउंड मुहल्ला में रहे वाला साठ साल के पादरी सुनील डेविड के छूरा भोंक के हत्या क दीहल गइल. ओह घरी ऊ अपना रेडियो दुकान मे बइठल रहले.
एगो दोसरा घटना मे मुफस्सिल थाना के महादेवा मुहल्ला के सत्तर साल के बासुदेव मिश्रा के पहिले से घात लगा के बइठल अपराधी गोली मार दीहले. बासुदेव मिश्रा अपना पत्नी का साथे एगो मठ से वापिस लवटत रहले तबहिए तिलमापुर गांव का लगे उनका के गोली मार दीहल गइल, उनकर मौत ठाँवे पर हो गइल. पत्नी घवाहिल हो के बाच गइल बाड़ी,
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts