होली के मौका पर चंदा सूरज के कलाकारन के जलवा
-

पिछला होली पर कुमार तुली के भोजपुरी फिलिम चंदा सूरज के कलाकार यूपी बिहार में कई जगहा होली मिलन कार्यक्रम में शामिल होके आपन जलवा देखवले. कुशीनगर के पड़रौना में हनुमान इंटरमीडियेट कॉलेज के प्रधानाचार्य शैलेंद्र दत्त शुक्ल आ पत्रकार शैलेश उपाध्याय मीडिया खातिर होली मिलन करवले जहवाँ फिल्म चंदासूरज के नायक धर्मेन्द्र खरवार खइके पान बनारस वाला गीत आ कई गो अउरियो गीतन पर आपन नृत्य प्रस्तुति दिहले. खरवार चौक समउर बाजार में रामरतीमनन आपन गायन कला देखवले त गायक राजवल्लभ खरवार कटैया में डा॰ बच्चापाण्डेय का आवास पर भइल समारोह में शामिल भइले. बिहार में सिवान जिला के दोन दरौली गाँव में जेआर कांवेंट महाविद्यालय में होली उत्सव आयोजित भइल. एहिजो धर्मन्द्र खरवार आपन जलवा देखवले. एकरा अलावे नवलपुर गाँव में खलनायक तांत्रिक बाबा के आवास पर कार्यक्रम भइल.

ई सगरी कार्यक्रम फिल्म चंदा सूरज के प्रोमोशन का तरह कइल गइल.


(स्रोत – कपिलदेव खरवार)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts