50 हजार रुपिया के ईनामी अपराधी हथियार साथे गिरफ्तार
-

भोजपुर जिला के शाहपुर इलाका के सोनबरसा गाँव से शनिचर का रात पुलिस पचास हजार रुपिया के ईनामी अपराधी हरेश मिश्रा के हथियार संगे गिरफ्तार कर लिहलसि.

जगदीशपुर के पुलिस उपाधीक्षक राजेश कुमार आरा में अतवार का दिने बतवले कि सूचना मिलल रहे कि हरेश मिश्रा अपना गाँवे आइल बा. एही सूचना का आधार पर पुलिस के एगो टीम शनिचर के देर रात छापा मार के ओकरा के गिरफ्तार कर लिहलसि.

हरेश का लगे से एगो पिस्तौल आ एक दर्जन कारतूसो बरामद भइल. ओकरा पर शाहपुर समेत जिला के अनेके थाना मे हत्या,. रंगदारी, अउर अपहरण के करीब 12 गो मामिला दर्ज बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts