बुरहान ब्रिगेड के पांच गो आतंकियन के मार गिरावल गइल

श्रीनगर, 06 मई (वार्ता). जम्मू-कश्मीर के शोपियां जिला में आजु घेराबंदी आ तलाशी अभियान का दौरान आंतकवादियल आ सुरक्षा बल का बीच शुरू भइल मुठभेड़ में हिज्बुल मुजाहिद्दीन के माथ कमांडर समेत सगरी पांच गो आतंकवादियन के मार गिरावल गइल. एह मुठभेड़ में सुरक्षा बल के दू गो जवानो घवाहिल हो गइल बाड़ें.
जम्मू कश्मीर पुलिस महानिदेशक एस पी वैद जानकारी दिहलन कि इलाका में लुकाइल पांचों आतंकवादियन के मार गिरावल गइल बा. ओहनी के लाशो बरामद हो गइल बा.
बतावल जात बा कि जवना घर में ई लुकाइल रहले सँ ओह घरे के विस्फोट से उड़ा दीहल गइल आ ओकरा मलबा में दबाइल आतंकवादियन के लाश बरामद कर लीहल गइल बा.
इलाका में घेराबंदी आ तलाशी अभियान का दौरान आतंकवादियन के समर्थकन के पथराव का बाद सुरक्षा बल से ओहनी के झड़पो होखे के खबर बा. प्रशासन एहतियातन इंटरनेट आ रेल सेवा बंद क दिहल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।