गोरखपुर में सेना बहाली १७ अगस्त से

दू साल बाद फेरु गोरखपुर में सेना बहाली होखे वाला बा जवन १७ अगस्त से २६ अगस्त ले चलावल जाई. एह बहाली में गोरखपुर का अलावे वाराणसी, चंदौली, भदोही, देवरिया आ मऊ के नवही शामिल हो सकीहें. बहाली रैली राजही कैंप मैदान पर होखी आ बड़हन भीड़ होखे के संभावना के चलते सुरक्षा के पूरा इंतजाम राखल गइल बा. एह बहाली का बाद नव्बर में फेरू बहाली रैली होखे वाला बा. नवंबर वाला रैली में आजमगढ़, बलिया, गाजीपुर, जौनपुर, मिरजापुर आ सोनभद्र के नवहियन के बहाली के मौका दिहल जाई. १७ अगस्त के भदोही के लोग, १८ आ १९ के गोरखपुर के लोग, २० तारीख के वाराणसी के लोग, २१ तारीख के चंदौली, २२ के देवरिया आ २३ तारीख के मऊ के नवहियन के शारीरिक परीक्षा होखी. चौबीस अगस्त के चुनाइल लोग के मेडिकल करावल जाई. पचीस तारीख के ट्रेड्समैन के परीक्षा होखी. सगरी सफल अभ्यर्थियन के ओकरा बाद सेना भर्ती कार्यालय वाराणसी में २७ अगस्त के लिखित परीक्षा देबे के होई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।