वोट सेक्योरिंग बिल लोकसभा से पारित
सोमार का दिने दिन भर चलल बहसा बहसी का बाद कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी के सबसे प्रिय बिल फूड सेक्यूरिटी बिल लोकसभा में ध्वनिमत से पारित कर दिहल गइल.

बहस का बाद एह बिल पर आइल तीन सौ से अधिका संशोधन वोटिंग करा के खारिज कर दिहल गइल. एह बिल के प्रावधानन के आलोचना करत भाजपा सांसद मुरली मनोहर जोशी एकरा के वोट सेक्योरिंग बिल बतवलन. लोकसभा में नेता प्रतिपक्ष सुषमा स्वराज के कहना रहल कि बिल के बहुते बात से विरोध का बावजूद भाजपा एकर समर्थन करत बिया आ ओह दिन के इंतजार करी जब भाजपा के सरकार बनी आ एह बिल में जरूरी सुधार कर लिहल जाई.

पन्द्रहवी लोकसभा में पहिला बेर बोलत सोनिया गाँधी पहिले से लिख के ले आइल भाषण पढ़ली. शुरूआत हिंदी में कइली आ बाद में उनुकर भाषण अंगरेजी में रहल. सोनिया गाँधी कहली कि कुछ लोग पूछत बा कि एह बिल लायक संसाधन कहाँ बा त ओकरा जवाब में इहे कहल जा सकेला कि संसाधन नइखे त ओकर इंतजाम करे के पड़ी बाकिर बिल पास करके लागू करावल बहुते जरूरी बा.

इहो एगो संजोगे कहल जाई कि जवना बिल के सोनिया गाँधी के सपना कहल जात बा ओकरा पर वोटिंग का बेरा सदन में ना त सोनिया गाँधी रहली, ना त राहुल गाँधी. असल में सोनिया गाँधी के तबियत अचानके खराब हो गइल त उनका के तुरते अस्पताल चहुँपावल गइल. उ अबहीं दिल्ली के एम्स मे भरती बाड़ी बाकिर उनकर हालत स्थिर बतावल जात बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।