सतहत्तर मुस चबइला के बाद

– रामसागर सिंह

दहेज लीहल बाउर बात ह…
आपन बियाह भइला के बाद,
दहेज लीहल बाउर बात ह…
बेटा के बियाह कइला के बाद,
ओइसहुँ कुछु माँगल ठीक ना ह…
बेटिहा से घर भरवइला के बाद!

एने के बात ओने ना करे के…
गाँव भर के लड़वइला के बाद,
भाई भाई में टेंट मत बेसाहीं
आँगना घर बँटवइला के बाद!
ओइसहुँ आगी में घीव ना डाले के
सब कुछ जर गइला के बाद!

साचहुँ लालच बड़की बलाय ह..
लूट-खसोट आ चोरइला के बाद,
साधु बन गइल नीमन उपाय ह…
सगरी कुकरम कइला के बाद,
अइसहुँ कुछउ नीमन कहाँ लागेला
ठुँस-ठकच के खइला के बाद!

तीरथ,धाम,आउर अर्पण,तर्पण
पाप से मन उबियइला के बाद,
परमारथ साध तऽ जागिये जाला
स्वारथ के सध गइला के बाद,
“रामसागर ” बिलारो भगतिन बनस
सतहत्तर मुस चबइला के बाद!

  • रामसागर सिंह,
    कोदई, पचरुखी, सिवान,

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।