मुख्यमंत्री शीला दीक्षित कइली "भोजपुरी पंचायत पत्रिका" के लोकार्पण

पिछला दिने एगो खास कार्यक्रम में दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित “भोजपुरी पंचायत पत्रिका” के लोकार्पण कइली. एह मौका पर भोजपुरी समाज के अध्यक्ष अजित दुबे, विधायक मुकेश शर्मा आ भोजपुरी पंचायत के संपादक कुलदीप कुमार मौजूद रहले. सगरी लोग ‘भोजपुरी पंचायत’ टीम के एह नायाब प्रयास के सराहना कइल.

भोजपुरी पंचायत के संपादक कुलदीप कुमार बतवलें कि ‘भोजपुरी पंचायत’ अपना तरह के अकेल पत्रिका हियऽ जवन झारखण्ड, बिहार, पूर्वी उत्तरप्रदेश अउर भोजपुरी भाषा पर केन्द्रित बिया. ई पत्रिका पूरा परिवार के धेयान में राखत निकालल जाले आ एहमें राजनीतिक, सामाजिक, साहित्यिक अउर सांस्कृतिक गतिविधियन पर खास फोकस राखल जाला.

1 Comment

  1. amritanshuom

    बहुत बहुत बधाई .

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।